महापंडित राहुल सांकृत्यायन जी के जन्मदिवस पर विनम्र श्रद्धांजलि!
/// जगत दर्शन न्यूज़
रउवा जइसन ना केहू भी ज्ञानी भइल
महापंडित नाहीं स्वाभिमानी भइल...
शोध भाषा पऽ कइनी अजब ढ़ंग से
रंग दिहनि हे दुनिया के निज रंग से
राउर अब ले ना कवनो भी सानी भइल
महापंडित नाहीं स्वाभिमानी भइल..
कुलवंती का कोखी में जनमल रहीं
गोबर्धन जी का अंगना में चहकल रहीं
अपना करनी से राउर उठानी भइल
महापंडित नहीं स्वाभिमानी भइल...
रउआ किरति से गुंजेला धरती गगन
अब बिजेंदर चाढ़ावेलें सारधा सुमन
राउर साबका से आलगा कहानी भइल
महापंडित नहीं स्वाभिमानी भइल...
🌿🌷🌿🌷🌿🌷🌿🌷
रचना:
बिजेंद्र कुमार तिवारी
🙏बिजेंदर बाबू🙏
गैरतपुर, माँझी
सारण, बिहार
7250299200