★★    जगत दर्शन साहित्य    ★★
◆     काव्य जगत     ◆
● सबसे बाड़का कवन कौम ●
 बिजेंद्र कुमार तिवारी ( बिजेन्दर बाबू)
●●●●●●●●●●●●
जनमत चमइन मुअत डोम।
बोलीं बाड़का कवन कौम।।
                 *
भाव के तऽ भगवान भुखइलें।
सबरी के जूठ बइर खइलें।।
                  *
भावहीन के मेवा छोड़लें।
भक्त विदुर से नाता जोड़लें।।
                   *
एह सवाल पर सभे मौन।
सबसे बाड़का कवन कौम।।
                    *
सत्य सनातन के खूबी हऽ,
भक्ति भाव के पूजल जाला।
जेकरा मन में खोट समाइल,
भवसागर में डूबल जाला।।
                    *
कहस बिजेंदर दया धरम के,
आपना उर में वास जगाईं।
मात पिता अरू गुरु चरण में,
बइठीं आ विश्वास जगाईं।।
                     *
सतपथ पर सत्कर्म करे जे,
उहे सबसे बाड़का डौन।
केहु हमके आज बतावे,
सबसे बाड़का कवन कौम।।
🌹🌹🙏🙏 🌹🌹 
    बिजेन्द्र कुमार तिवारी
        बिजेन्दर बाबू
गैरतपुर, मांझी
सारण, बिहार
मोबाइल नंबर:- 7250299200
